पियार एगो भूल हवे अब हमरो के बुझाला हो
एतना लाचारी बा हो एतना हरानी बा हो
उनकर सुरतिया हाय कबो ना भुलाला हो
लोगन से का मिलल जाव, तू ही बताबअ हो
जिनगी के एह मोड़ पर आदमी अपने से लुकाला हो
प्रीतिया के निशानी अभईनो रखले बानी संभाल के
गटइया में लटकत बावे , तोहरे दिहल माला हो
© विशाल विशु
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें